पर्सा, १६ जेठ ।
पर्सा के धोविनी गांवपालिका के वडा नं. ५, धोविनी मे आजु ब्रथिङ सेन्टर के शिलन्यास भइल बा । ब्रथिङ सेन्टर संचालन के खातिर निर्माण होखेवाला भवन के शिलन्यास एक कार्यक्रम के विच कार्यक्रम प्रमुख अतिथी आ अतिथी द्वारा संयुक्त रुपमे कइल गइल बा ।

कार्यक्रम के प्रमुख अतिथी जिल्ला समन्वय समिति, पर्सा के संयोजक नेक महम्मद अंसारी, अतिथी गाँवपालिका के उपाध्यक्ष पारसनाथ कुर्मी, प्रमुख प्रशासकिय अधिकृत सरोज चौधरी, वडा नं. ५ के वडा अध्यक्ष मनवर अहम्मद आ सि.डि.पी. कार्यक्रम के जिल्ला संयोजक शोभा महतो से संयुक्त रुपमे कइल गइल गांउ कार्यपालिका कार्यालय के प्रशासन प्रमुख अजय साह बतइलन ।

ब्रथिङ सेन्टर नेपाल सरकार आ बेलायत सरकार के सहयोग मे सामुदायिक बिकास कार्यक्रम (सि.डि.पी.) अन्तर्गत नेपाल ग्रामिण पुर्ननिर्माण संस्था (आर.आर.एन.) द्वारा रु ३४ लाख ८८ हजार १ सय ८१ के लागत मे निर्माण होखे के जिल्ला संयोजक महतो बतइली ।

ब्रथिङ सेन्टर लाय निर्माण होखेवाला ३ कोठे भवन खातिर सामुदायिक विकास कार्यक्रम से रु ३३ लाख ९५ हजार ६ सय ८१ आ गाँउपालिका तथ श्रमदान से ९५ हजार ५ सय बराबर के सहयोग रहल संयोजक महतो जानकारी करइली । ३ महिना भित्र निर्माण कार्यक्रम सम्पन्न हाखे के समेत महतो बतइली ।

Source: https://aapanbirgunj.com (31 May 2018)